VISHU YADAV

VISHU YADAV

Share

Contact information, map and directions, contact form, opening hours, services, ratings, photos, videos and announcements from VISHU YADAV, Writer, Buxar.

22/08/2025

बाडका कोर्ट के अडर आइल हऽ
हर घुमक्कड़ कुकुर के अब
दिल्ली से उठावल जाई
बाडकागो शेल्टर होम बनी
ओही में राखवावल जाई

ई ख़बर‌ से उहवां के कुकुरन में
दहसत चारु ओर मचल हव
काटे वाला भौंके वाला में
तू-तू मैं-मैं खुब चलत हव
तू कटले त बाहुते लोग मरलऽ
जे बांचल ओके केतना सुई परलऽ
चुपकर चुपकर तू भोंकले तऽ
केतना एक्सीडेंट भईल
कातना लोग के गोड टुटल
अउर कातना टंका पड़ गोईल
तबतक तिसरा बोल पडल हऽ
ऐ भाई! लाडला से
अब काम चली ना!
आपना गलती पर ऐह से
अब तनिको पारदाऽ पड़ी ना
मिटिगं बाडा बुलावे पड़ी
ईलाका वाली बात छोड़के
ऐगो कुता दल बनावे पड़ी
अपना दल से भी अब केहू के
नेता प्रेसिडेंट बनावें पडी
तबतक चउथा कुकुर बोल पडल हऽ
टेनसन न ले भाई मेरे
लोग अवाज उठवले हऽ
बिस्कुट वाले भाई बहिन तऽ
कैनडिल मार्च तक निकलले हऽ
सारा गलती भुल भुला के
ख़ुद के डाग लवर बतवले हऽ
शायद कुछ निदान निकले
अइसन उमिद जतवले हऽ
सारा मुददा छोड मिडिया भी
दिनरात ईहे मुद्दा चलवले हऽ
बाडका कोरट भी नरम होई
खुब दबाव बनवले हऽ
अपने के सोच जईसन
ऐगो आदमी मुख्यमंत्री
तक ख़बर पहुंचइले हऽ
पुलिस के डाडां खा के भी
डाग लवर बतईले हऽ
तब तक कुछ करे पड़ी
नाया आडान धरे पड़ी
कुछ दिन तक भाई मेरे
सबके अंडर ग्राउंड रहे पड़ी..
विशु यादव ✍️

06/01/2025

भर्ती में सेटिंग कारावता केहू
पईसा पऽ जोगाड़ऽ बईठावता केहू
मिले के नौकरी हऽ पढ़ल लिखल के
अनपढ़ के नौकरी लागावता केहू

नेता के गोड़ दाबावता केहू
भाई-भतीजा के सेटिंग कारावता केहू
केकर ई खेल बाऽ जानेला सब
बकिर चोरी पर पारदा लागावता केहू

धारना पऽ धारना बईठावता केहू
चोरी पऽ सरकार के जागवता केहू
सरकारे के चोर बातावता केहू
कायदा कानून के माने बताके
लाठी से मार के भागावता केहू

राजनीति के रंग लागावता केहू
निम्मन के बाऊर बातावता केहू
आन्दोलन के बोरसी में हाथे सेकता
आन्दोलन के फ़रजी बातावता केहू

चुनल सरकार के गोहरावता केहू
चोरी के साबूत देखावता केहू
बात मने पऽ जब नइखे तैयार तऽ
सरकारे के मानमानी बातावता केहू
VISHU YADAV ✍️

Want your public figure to be the top-listed Public Figure in Buxar?
Click here to claim your Sponsored Listing.

Category

Website

Address


Buxar